माई कयकेयी के खातिर , धारणा बदली आप सभ…

अध्यात्म रामायण कहेला की एक रात जब माई कयकेयी सुतल रहली त उनके सपना में विप्र, धेनु, सुर, संत सभ लोग एक साथे ही हाथ जोड़ के अइलें अउर उनसे कहेलें की ‘हे माई कैकेयी, हम सभ आपके शरण में आइल बाडी।

महाराजा दशरथ क बुद्धि जड़ हो गइल बा, तबे त उ राम के राजा क पद दे रहल बाडे। अगर प्रभु राजगद्दी पर बइठ गइलें, तब त उनके अवतार लीहले क मूल कारन ही नष्ट हो जाई। हे माई, सम्पूर्ण धरती पर खाली रउरे में ही इ साहस बा की रउरे ही राम से जुडल अपयश क विष पी सकेलीं। कृपा कइके प्रभु के जंगल भेज के सभ सुलभ करीं, युगन-युगन से कई लोग उद्धार भइले क प्रतीक्षा में बाटें।

त्रिलोक स्वामी क उद्देश्य भूलोक क राजा बनल नाहीं बा। अगर वनवास नाही भइल त राम ए लोक के ‘प्रभु’ ना हो पइहें माई।’ इ कहत-कहत देवता लोग घुटना पर आ गइलें।

माई कयकेयी क आँखी से आँसू धारा बहे लागल। माई कयकेयी बोललीं ‘आवे वाले युग में लोग कहीहें की हम भरत के खातिर राम के छोड़ दीहलीं पर असल में राम के खातिर आज हम भरत क त्याग कै रहल बाडी। हमके मालूम बा की इ निर्णय के बाद भरत हमके कबो भी स्वीकार नाही करीहें।’

रामचरित मानस में भी कई जगह पर एकर संकेत देखे क मीलेला जब गुरु वशिष्ठ दुःखी भरत से कहेलें –

सुनहु भरत भावी प्रबल
बिलखि कहेउ मुनिनाथ।

हानि लाभु जीवनु मरनु
जसु अपजसु बिधि हाथ।

हे भरत ! सुनअ भविष्य बड़ा बलवान् होला। हानि-लाभ, जीवन-मरन अउर यश-अपयश, इ सब विधाता के ही हाथ में रहेला, बीच में इनसान खाली माध्यम होला।

प्रभु ए लीला के जानत रहलें एही खातिर चित्रकूट में तीनों माई लोगन के आइले पर प्रभु सबसे पहीले माई कयकेयी के लगे ही पहुँच के उनके परनाम कइलें कांहे की उनके पयदा करे वाली भले ही माई कौशल्या जी रहली पर उनके ‘मर्यादा पुरुषोत्तम’ बनावे वाली माई कयकेयी ही रहलीं।

Religion

स्वप्न में मंदिर दिखाई देने का अर्थ, जानें हमें सपने क्यों आते हैं? 

सपनों के आने का वास्तविक कारण क्या है़ ?  क्या उन सपनों का हमारे पूर्व जन्म या वर्तमान जन्म से कोई जुड़ाव होता है?  नींद में दिखने वाले स्वप्न कितने सच होते हैं और कितने झूठ? हमारे जीवन से स्वप्नों का क्या संबंध है?  कोई स्वप्न हमें क्या बताना चाहता हैं?  राजेन्द्र गुप्ता, ज्योतिषी और […]

Read More
Religion

गणेश चतुर्थीः आज से ही होगी 11 दिवसीय महोत्सव की शुरुआत

राजेन्द्र गुप्ता, ज्योतिषी और हस्तरेखाविद सनातन धर्म में गणेश पूजा का खासा महत्व माना गया है। बप्पा के भक्तों में मान्यता है कि गणेश चतुर्थी की बहुत मान्यता है। भगवान गणेश के जन्मोत्सव को गणेश चतुर्थी के रूप में मनाया जाता है। मान्यता है कि भाद्रपद माह के शुक्ल पक्ष की चतुर्थी तिथि पर भगवान […]

Read More
Religion

जानिए कब है हरतालिका तीज 2024, क्या है तिथि, शुभ मुहूर्त और व्रत अनुष्ठान

एक ऐसा पर्व जिसके करने से पति की होती है बड़ी उम्र कुंवारी कन्या करें यह व्रत तो भोलेनाथ देते हैं सुंदर वर ज्योतिषाचार्य डॉक्टर उमाशंकर मिश्र, 9415087711 हरतालिका तीज भगवान शिव और देवी पार्वती के वैवाहिक बंधन का सम्मान करने के लिए मनाई जाती है। हरतालिका तीज पर लड़कियां और विवाहित महिलाएं दोनों ही […]

Read More